पहिला सीजन में मनोज के किरदार श्रीकांत तिवारी एगो मिडिल क्लास के नौकरी वाला आदमी बाड़न जेकरा दू गो बच्चा अउरी पत्नी बाड़ी. उ गुप्त रूप से एनआईए के एगो संस्था के साथे काम करत बाड़न जवन आतंकी घटना के रोके पर काम करेला. फिल्म में विलेन बनके आवता आईएसआईएस के खूंखार आतंकी अल कातिल. पूरा सीजन में नायक आपन बिखरत जिनगी के सम्हारत आ आतंकवादियन से लड़त रहत बा.

मनोज बाजपेयी के अदाकारी के त सभे कायल ह. उ जब स्क्रीन पर आवेलें त लोग के आँख स्क्रीन से चिपक जाला. ई एगो हमरा जइसन भोजपुरिया खातिर गर्व के बात भी बा कि मनोजो भोजपुरिया हवें. आज मनोज के बात विशेष रूप से ए वजह से हो रहल बा, काहें कि उनके बहुप्रतीक्षित वेब सीरीज फैमिली मैन के दुसरका सीजन आज माने चार जून के राति खां बारह बाजे रिलीज हो चुकल बा. अमेजन प्राइम पर ई देखल जा सकेला.

एकर पहिलका सीजन 20 सितंबर 2019 के रिलीज भइल रहे आ देखते-देखते ओह साल के सबसे चर्चित अउरी सुपरहिट शो बन गइल. दस एपिसोड के जासूसी थ्रिलर फैमिली मैन अपना कॉमेडी खातिर भी बड़ा पसंद कइल गइल. अक्सरहा गंभीर रोल करे वाला मनोज बाजपेई के लोग हँसावत भी देखल. उहो कुछ ऊलल जलूल हरकत कs के ना बल्कि अपना संवाद अदायगी आ भाव भंगिमा से हँसवले. अइसने किरदार मनोज के 2016 में रिलीज भइल फिल्म सात उचक्के में देखे के मिलल रहे. पहिला सीजन में मनोज के किरदार श्रीकांत तिवारी एगो मिडिल क्लास के नौकरी वाला आदमी बाड़न जेकरा दू गो बच्चा अउरी पत्नी बाड़ी. उ गुप्त रूप से एनआईए के एगो संस्था के साथे काम करत बाड़न जवन आतंकी घटना के रोके पर काम करेला. फिल्म में विलेन बनके आवता आईएसआईएस के खूंखार आतंकी अल कातिल. पूरा सीजन में नायक आपन बिखरत जिनगी के सम्हारत आ आतंकवादियन से लड़त रहत बा. सीरीज अइसन जगह पर खतम भइल जब बुझाइल कि मूसा माने अल कातिल मरके जी गइल आ केहू के हाथे ना आइल.

अब नया सीजन में एगो अलग एंगिल जोड़ाइल बा, जेपर बड़ा विवाद भी भइल ह. कुछ तमिल नेता लोग के कहनाम बा कि सीरीज में कुख्यात गुट लिट्टे अउरी तमिल लोग के आतंकवादी बतावल गइल बा. एह शो के बैन होखे खातिर भी आवाज उठे लागल ह. ई सीरीज फरवरी में रिलीज होखे के रहे बाकिर तांडव अउरी मिर्जापुर के लेके जवन विवाद उठल ओही से एकर रिलीज टाल दिहल गइल. जवन भी होखे बेसब्री से इंतज़ार करत दर्शकन खातिर ई सौगात बन के आइल बा. काल्ह अपना सोशल मीडिया पर एकर डायरेक्टर द्वय राज निदीमोरू अउरी कृष्णा डीके नोट साझा कउवे लोग कि कोरोना के टाइम में केतना मुश्किल से हमनी पूरा क्रू मिल के ई सीरीज बनवले बानी जा आ एह बात के खुशी बा कि रिलीज डेट लेट भइला के बादो दर्शक बेसब्री से एकर इंतज़ार करत बा.

कोरोना के दूसरा लहर के चलते लॉकडाउन लागल बा आ लोग अभियो घरे में लुकाइल बा. मनोरंजन के साधन के तलाश बा आ एह समय में वेबसीरीज वरदान लेखां बाड़ी सन. एही बीचे एगो अउरी सीरीज बड़ा चर्चा में आइल ह, ओकर नाम ह एसपायरेंट. वेबसीरीज के भारत में मशहूर करे वाला चैनल टीवीएफ के ओर से ई सीरीज यूट्यूब पर रिलीज भइल आ देखते-देखते एकर पाँच गो एपिसोड सुपर-डुपर हिट हो गइल बा. जवना युवा से पूछीं उहे एकर चर्चा करत बा. दरअसल ई सीरीज बा दिल्ली के राजेन्दर नगर में आईएएस के सपना लेके आइल युवकन के बारे में. सिविल सर्विस के परीक्षा विश्व के दूसरा सबसे कठिन परीक्षा ह आ एकरा के पास कइल बहुते कठिन होला. हर साल लाखों युवा एकरा खातिर कोशिश करेलें आ फेल होलें, कुछ पासो हो जालें. कइसे एगो सामान्य लइका आके पहिले के धुरंधर लोग के पीछे छोड़ के आईएएस बन जाता आ बाकी ओकर दोस्त सब पीछे छूट जातारें. राजेन्द्र नगर के छोट कोठरियन में युवा पीढ़ी पर बीतत एक-एक दिन के बहुत रोचक दस्तावेज बा एसपायरेंट. एकरा के बेहतरीन आईएमडीबी रेटिंग मिलल बा आ हमार सलाह बा कि एकरा के जरूर देखें के चाहीं. काहें कि एह में जीवन मर्म अउरी सीख भी मिली.अनारकली ऑफ आरा से हिन्दी फिल्म निर्देशन में कदम रखे वाला पत्रकार से निर्देशक बनल अविनाश दास के एगो कॉमेडी सीरीज आइल बा रनअवे लुगाई. एमएक्स प्लेयर पर रिलीज एह सीरीज में मुख्य भूमिका में नवीन कस्तूरीया बाड़ें जे एस्पायरेन्ट में भी मुख्य नायक बाड़ें. सीरीज के कहानी नया त नइखे बाकिर सिटकॉम बा, अइसन परिस्थिति बनत बा कि लोग के हंसी आई. एह में वयस्क कॉमेडी के भी तड़का डलाइल बा. हमरा ई ना बुझाला कि का ई अनिवार्य हो गइल बा कि जले एडल्ट सीन भा डायलॉग ना परोसाई, वेब सीरीज हिट ना होई. एह में भोजपुरी फिल्मन लेखां आइटम नंबर भी बा. एमएलए अपना भोला बेटा के बियाह एगो चतुर लइकी से अनजाने में कर देतारें. ऊ हिरोइन बने के सपना देखत बिया एही से बियाह के अगिला दिने भाग जा तिया. शो के टाइटल अमेरिकन रॉमकॉम रनअवे ब्राइड से प्रेरित बा. हालांकि शादी से दुल्हिन के भागे के कहानी 1999 में रिलीज भइल एह फिल्म के भी बा. अइसने कहानी हैप्पी भाग जाएगी, डॉली की डोली के भी बा. हिन्दी में दुल्हिन के शादी से भगला के थीम पर कई गो फिल्म बा बाकिर अविनाश के पास गाँव से मेट्रो तक के अनुभव आ विजन बा जवन उनका फिल्मन में देखाई देला.

कुछ उल्लेखनीय वेबसीरीज जवन देखे वाला बाड़ी सन भा रिलीज होखे वाला बाड़ी सन, ओहमें अमेजन प्राइम पर अलौकिक क्राइम थ्रिलर शो ‘द लास्ट आवर’, जी 5 पर सनफ्लावर, डिज्नी हॉटस्टार पर शेरनी आदि बा. आवे वाला समय में एक से बढ़के एक वेब शो देखे के मिली. (लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं.)

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here